दुनिया के मेहरबानी ना,बरोबरी के रिश्ता चाहीं – कहलन पीएम मोदी
-

PM_Modi-at-Wembley
काल्हु लंदन के वेम्बले स्टेडियम में साठ हजार से अधिका भारतीयन के सभा के संबोधित करत पीएम मोदी कहलन कि समय आ गइल बा जब दुनिया के देश भारत का साथे बरोबरी के रिश्ता बनावसु काहे कि भारत अब केहू के मेहरबानी के मोहताज नइखे. पिछला 18 महीना से भारत सभका से बरोबरी का लेवल पर बतियावत बा.
वेम्ब्ले स्टेडियम में पहिला बेर कवनो राजनेता के कार्यक्रम करावल गइल.
एह मौका पर ब्रिटेन के प्रधानमंत्री डेविड कैमरन कहलन कि मोदी के ब्रिटन के मौजूदा यात्रा ऐतिहासिक बावे. कहलन कि ऊ दिन बहुत दूर नइखे जब ब्रिटेन के प्रधानमंत्री कवनो ब्रिटिश इंडियन बन जाव. कैमरन कहलन कि लोग के लागत रहुवे कि एगो चाय बेचे वाला दुनिया के सबले बड़का लोकतंत्र के प्रधानमंत्री कइसे बन सकेला बाकिर मोदी देखा दिहलन कि बनिए ना सकेला, बढ़ियो काम कर सकेला. डेविड कैमरन कहलन कि उनुका विश्वास बा कि अच्छा दिन जल्दिए आवे वाला बा.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts