धमाल मचावे खातिर तइयार शुभम तिवारी
-

सिनेमा भोजपुरी के सितारा शुभम तिवारी परदा पर एक बेर फेर धमाल मचावे के तइयार बाड़न, सुपरहिट फिल्म ‘‘कानून हमरा मुठ्ठी में’’ से परदा पर जोरदार इंट्री मारे वाला शुभम तिवारी के दू गो फिलिम जल्दिये रिलीज होखे वाली बा. ई हई सँ ‘‘भईया हमार दयावान’’ आ ‘‘कलुआ भईल सयान’’. अशोक गुप्ता के बनावल आ असलम शेख निर्देशित ‘‘भईया हमार दयावान’’ मे शुभम के जोड़ी रिंकू घोष संगे जमल बा त रीतेश कुमार ठाकुर के ‘‘कलुआ भईला सयान’’ में शुभम के नायिका बाड़ी सुप्रेरणा. एह दुनु में शुभम के शानदार अभिनय आ एक्शन के दीदार दर्शक करीहें.

अबले शुभम के तीन गो फिलिम, ‘‘कानून हमरा मुठ्ठी में’’, ‘‘मल्लयुद्ध’’, आ ‘‘तु ही मोर बालमा’’ प्रदर्शित हो चुकल बा.


(प्रशांत निशांत के रपट से)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts