पटना में “लकीर” लोकार्पित
-

Lakeer-lokarpanअखिल भारतीय भोजपुरी साहित्य सम्मेलन, पटना के कार्यकारिणी के बइठक पिछला हफ्ता 5 जुलाई का दिने बेली रोड, जगदेव पथ, पटना में भइल.

एह मौका पर जमशेदपुर के चर्चित कवि अउर साहित्यकार गंगा प्रसाद अरुण के सम्पादन में प्रकाशित भइल भोजपुरी साहित्य पत्रिका “लकीर” के तिसरका अंक के लोकार्पण सम्मेलन के अध्य्क्ष डॉ रिपुसूदन श्रीवास्तव, महामंत्री गुरुचरण सिंह (सासाराम), प्रोफ़ेसर ब्रजकिशोर (पटना), महामाया प्रसाद विनोद (पटना), जयकांत सिंह जय (मुजफ्फरपुर), विश्वनाथ शर्मा(छपरा), अउर उमाशंकर राय (कानपुर) के हाथें करावल गइल.

बइठक में गंगा प्रसाद अरुण (जमशेदपुर), ब्रजकिशोर दुबे(पटना), दिलीप कुमार (पटना), रविन्द्र शाहाबादी (भोजपुर), अम्बदत्त गुंजन, आ रमेश कुमार (सासाराम) वगैरह लोग मौजूद रहलें.


(राजेश भोजपुरिया)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts