फेर बैतलवा डाढ़ पर : देश में राहत के लहर
-

विक्रम बैताल के मशहूर कहानी दोहरावत आजु कांग्रेसी डाढ पर बइठल गान्धी परिवार के बैताल फेरु छटक के डाढ़ पर जा बइठल. विक्रम का लगे एह बैताल से मुक्ति के कवनो राह ना मिलल आ कांग्रेसी डाढ़ पर फेरु बैताल सवार हो गइल.

एह फैसला से देश भर में राहत के लहर पसर गइल काहे कि अगर कवनो अचरज से कवनो दोसर पोसुआ अध्यक्ष मिलियो गइल रहित त अनेसा रहुवे कि देर सबेर ऊ कहीं गाँधी परिवार से अलग राह मत धर लेव. ओह हालत में काग्रेस के फेरु जियतार होखे के अनेसा रहुवे बाकिर भगवान कृपा से कांग्रेसी जमात गाँधी परिवार से मुक्ति ना पा सकल. अब पुत्रमोह से पीड़ित सोनिया गाँधी फेर कांग्रेस के अंतरिम अध्यक्ष बन गइल बाड़ी आ देर सबेर फेर राहुल आपन जगह ध लीहें.

एह फैसला से इहो साफ हो गइल कि भाई बहिन के टीम में एका ना हो सकल. एकाध बैर हवा बनावे के कोशिश भइल कि राहुल ना त प्रियंके के अध्यक्ष बना दिहल जाव. बाकिर राहुल के लोग शायद एह ला तइयार ना भइलें.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts