सिवान का बसंतपुर से दू गो लइकी लापता
-

सिवान जिला के बसंतपुर इलाका से दू गो अलग अलग घटना में दू गो लइकी गायब बाड़ी सँ. घर वाले ओकनी के अपहरण के मुकदमा थाना में लिखववले बाड़े. एहमं एगो लइकी करही टोला करचोलिया के रहे जवना पिछला तीस जुलाई के फार्म भरे हाई स्कूल गइल आ ओकरा बाद से लवटल बा. लइकी के महतारी केस लिखववले बाड़ी कि गांवे के कुछ लोग शादी करे खातिर ओकरा के उठा ले गइल बा. दोसरकी घटना खवासपुर के ह जवना में लइकी पिछला पन्द्रह जुलाई से हाई स्कूल से गायब बिया. एह मामिला में लइकी के बाप थाना मे केस लिखववले बाड़े कि गाँवे के कुछ लोग ओकरा के शादी करे खातिर उठा ले गइल बा.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts