खेसारी-स्मृति के सफल जोड़ी फिलिम ‘‘प्यार झुकता नहीं’’ में

PyarJhuktaNahi-posterमशहूर भोजपुरी फिलिम निर्माता अभय सिन्हा के बहुचर्चित फिलिम ‘‘प्यार झुकता नहीं’’ में खेसारीलाल यादव आ नायिका स्मृति सिन्हा के जोड़ी एक बेर फेरू देखे के मिली. यशी फिल्मस के बैनर में बनल एह फिलिम खेसारी आ स्मृति के शानदार रोमांस देखे के मिली. साथे रहीहें नवोदित शैलेश सिन्हा, अक्षरा सिंह, प्रकाश जैश, अनुप अरोड़ा, माया यादव, सूर्या, दीपक सिन्हा, मेहनाज, महेश आचार्य, सागर सोलंकी आ संभावना सेठ.

कथा-पटकथा आ निर्देशन असलम शेख के, गीतकार प्यारेलाल यादव, संगीतकार राजेश रजनीश, नृत्यगुरू पप्पू खन्ना, संपादक जितेन्द्र सिंह जीतू, आ कार्यकारी निर्माता अंजनी कांत श्रीवास्तव हउवें.

बकौल खेसारी-स्मृति ई फिलिम दर्शकन के भरपूर मनोरंजन करी आ ‘‘साजन चले ससुराल’’ जइसन सफलता दर्ज करी.


(प्रशांत निशांत)

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।