गरदा इतिहास रचवलसि
-

Garda-Poster
एस एस फिल्म फैक्ट्री के परोसल आ एस के फिल्मस (चेन्नई) के बैनर में बनल निर्माता श्रवण कुमार एच के फिलिम “गरदा” जब चेन्नई (मद्रास) में रिलीज भइल त एगो इतिहासे रच दिहलसि. शुक 14 मार्च के दूइए गो सिनेमाघर में रिलीज फिलिम के सफलता देख शनिचर का दिने छह गो में आ अतवार होत होत दस गो सिनेमाहाल में फिलिम देखावल शुरु हो गइल.

भोजपुरी सिनेमा ला ई गर्व के बात बा काहे कि चेन्नई में अबहीं ले कवनो भोजपुरी फिलिम रिलीज ना भइल रहुवे. खास बात इहो बा कि एह फिलिम के अबहीं अउर कहीं रिलीज नइखे कइल गइल. सिनेमा पंडित के राय कि भोजपुरी फिलिम के सफलता खातिर ओकरा के पहिले बिहार में रिलीज करे के चाहीं के “गरदा” फिलिम बदल दिहलसि.

गरदा के लेखक निर्देशक पराग पाटिल के मेहनत से एकरा के चेन्नई में रिलीज कइल गइल. एकर कार्यकारी निर्माता रमेश चन्द्र शर्मा हठवें,

मुख्य भूमिकन में ऐक्शन किंग विराज भट्ट, हॉट केक अंजना सिंह, बालेश्वर सिंह, हैप्पी, धर्मेन्द्र सिंह, पूनम दूबे, प्रिया शर्मा, राम मिश्रा, सी .पी . भट्ट, दीपक भाटिया, साहिल शेख, वैभव राय, संजय वर्मा, कृष्णदेव राणा, इंद्रसेन यादव, सीमा सिंह, नेहा तिवारी, संजू चौहान, वारिस शाह, मनोज श्रीवास्तव वगैरह शामिल बाड़ें.


(रामचंद्र यादव)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts