दिलदार सांवरिया यश अब गायक बनले

Yash-singerबहुचर्चित फिलिम “दिलदार सांवरिया” से भोजपुरी फिल्म जगत में आपन दमदार मौजूदगी दर्ज करावे वाला अभिनेता यश कुमार के गानो सुने के मौका मिले वाला बा भोजपुरिया दर्शकन के.
हाल ही में निर्देशक फरोग अहमद सिद्दीकी के फिलिम ला यश आपन गाना रिकार्ड करवले. तन्वी मल्टी मीडिया के बैनर तले बने जात एह फिलिम के निर्माता हउवें. दीपक शाह. संगीत आ गीत विनय बिहारी के ह.
यश कहले कि पहिले ऊ शौकिया गावत रहले. अपना दुसरका फिलिम “राजा जी आई लव यू” के शूटिंग घरी निर्देशक विनय बिहारी उनकर आवाज़ सुनले त एगो गाना गावे के कह दिहले. आ मौका मिलल फरोग सिद्दीकी के एह अबही ले अनाम फिलिम से.
एह फिलिम में अंजना सिंह, मोनालिसा, प्रिया शर्मा, अवधेश मिश्रा आ संजय पाण्डेय वगैरह कलाकार बाड़े.
बहरहाल अभिनय से गायन के क्षेत्र में डेग धरे वाला यश के पूरा भरोसा बा कि सुनहु वाला उनका के ओतने पसंद करीहें जतना देखे वाला करेलें.


(उदय भगत)

1 Comment

  1. राना रंजीत बासु

    सब गायक से हिरो बनले अउरी आप हिरो से गायक ई उल्टी गंगा काहेँ बहल।08896125767

    Reply

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *