भोजपुरी सिनेमा के कमाई खातिर नया राह खोल दिहलें प्रकाश अवस्थी

भोजपुरी फिलिम निर्मातन के कमाई के एगो अउर राह मिल गइल बा छत्तीसगढ़ टेरेटरी से. भजन सम्राट अनूप जलोटा के कंपनी अपना भोजपुरी फिलिम ला छत्तीसगढ़ी सिनेमा के सुपर स्टार प्रकाश अवस्थी के भोजपुरी परदा पर उतारे जात बाड़ें जवना से अब भोजपुरी फिलिमन के छत्तीसगढ़ी संस्करण ओहिजा प्रदर्शित करे के नया राह खुल गइल बा.

छत्तीसगढ़ी सिनेमा में प्रकाश अवस्थी बीसन से बेसी फिलिमन में काम कर चुकल बाड़ें आ सगरी फिलिम सुपर डुपर हिट रहल बाड़ी सँ. उनकर सबले बड़हन फिलिम रहल ‘मया’ जवना के मिलल सफलता से प्रकाश अवस्थी छत्तीसगढ़ी सिनेमा के सुपर स्टार बन गइलें. ओकरा बाद आइल ‘टू ए रिक्शावाला’, ‘भावर’ आ ‘दो लफाड़ू’ छत्तीसगढ़ में खूब कमाई कइली सँ. एह यंग्री यंग मैन स्टार के नामे बहुत होला छत्तीसगढ़ में फिलिम के सफलता ला.

प्रकाश अवस्थी भोजपुरी फिल्म ‘चिंगारी’ में बतौर नायक बनके नजर अइहें. जइसे नेपाली सुपर स्टार विराज भट्ट के सिनेमा भोजपुरी में उतार के एगो नया प्रयोग कइल गइल रहे ओइसहीं अब प्रकाश अवस्थी के उतार के कइल जात बा. एहसे भोजपुरी सिनेमा के एगो नया बड़हन बाजार मिले के राह खुलल बा.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा के रपट)

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।