''लागल बा करेजवा में आग'' के भव्य संगीतमय मुहूर्त भइल

पिछला दिने मुंबई के चार बँगला म्हाडा स्थित ए.बी. स्टूडियो में भोजपुरी फिलिम ”लागल बा करेजवा में आग” के भव्य संगीतमय मुहूर्त कइल गइल. श्री गणेश पिक्चर्स के बैनर तले बने जात एह फिल्म के निर्देशक संजय एस. श्रीवास्तव, लेखक ए.बी. मोहन, गीतकार अशोक सिन्हा, राजेश मिश्रा आ प्रेम सागर, आ सगीतकार छोटे बाबा हउवें.

मुहुर्त का मौका पर गायक आलोक कुमार आ गायिका खुशबू जैन के आवाज़ में गाना रिकार्ड भइल.

फिल्म के मुख्य कलाकारन में शुभम तिवारी, लीना हलदार, रीमा सिंह, अमरीश सिंह, धर्मेश मिश्रा, लावण्या बेथी, राम मिश्रा, संतोष श्रीवास्तव, प्रकाश विश्वकर्मा, मोना काजी, मुकेश मालवीया, शत्रुघ्न सिंह, सुशील सिंह, चेतन बाबू, सनी बाबू, पंकज गिरी अउर बालेश्वर सिंह के नाम बा.

मुहुर्त के मौका पर अतिथियन में राकांपा के इन्द्रपाल सिंह, शिव कुमार, ए.बी. मुल्ला, आ जीतेन्द्र सिंह, के अलावा धनजय सिंह, मिथिलेश अविनाश, बालकृष्ण सिंह, मनीष जैन, शाद कुमार, अजय झा, अनिल मेहता, संजय पाण्डेय, जय सिंह, मनोज द्विवेदी आ धर्मेन्द्र सिंह वगैरह मौजूद रहलें.


(अपना न्यूज के रपट)

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।