बिहार दिवस का मौका पर भोजपुरी फिल्म महोत्सव
-


बिहार दिवस पर बिहार सरकार के जनसंपर्क विभाग तीन दिन के भोजपुरी फिल्म महोत्सव मनावे जा रहल बा. २२ मार्च से २४ मार्च तक हो रहल एह महोत्सव खातिर मनोज तिवारी अभिनीत फिल्म “कब अईबू अँगनवा हमार” आ रिंकू घोष अभिनीत फिल्म “गठबन्धन प्यार के” आ “विदाई” के चयन हो चुकल बा. “गंगा मईया तोहे पियरी चढ़इबो” त देखावले जाई एह महोत्सव में. अउरियो फिल्मन के चयन हो रहल बा. एह मौका पर एह फिल्मन के पूरा टीम के नेवतल जाई आ मनोज तिवारी, रिंकू घोष, असलम शेख समेत कुछ लोग के सम्मानितो कइल जाई.


ई पहिला बेर होखी जब बिहार सरकार के मंत्री आ प्रशासनिक अधिकारी एक साथ बइठ के भोजपुरी सिनेमा देखीहें. एह बाति से पूरा भोजपुरी फिल्म जगत उत्साहित बा. सभका लागत बा कि अब संभव बा कि बिहार सरकार भोजपुरी फिल्मोद्योग के राज्य के क्षेत्रीय उद्योग के दर्जा देव आ निर्माता लोग के समस्या के कुछ हद तक समाधान करावे.


(स्रोत – शशिकांत सिंह)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts